Tatkakhabar - tatkakhabar.com - टटका खबर (BhojpuriNews.in)

Latest News:

चौरासी कोसी परिक्रमा के सपा सरकार अपना पराक्रम से रोक दिहलसि 26 Aug 2013 | 11:04 am

विश्व हिन्दु परिषद के साधु संत काल्हु अतवार का दिने अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा पर निकले वाला रहलें. एह परिक्रमा खातिर सरकार का ओर से मौखिक अनुमतिओ मिल गइल रहुवे बाकिर आजम खाँ विहिप प्रतिनिधि मंडल...

पुल से मार्शल गाड़ी गिरला से एक आदमी के मौत 26 Aug 2013 | 11:04 am

गोपालगंज जिला में नेशनल हाई वे अठाइस पर मांझा इलाका के कोईनी गांव का लगे बनत पुल पर से एगो मार्शल गाड़ी अतवार का दिने नीचे गिर गइल जवना से ओह पर सवार एक आदमी के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइले. घव...

मेंहदार मंदिर के महंथ देवशंकर गिरि के गंगालाभ 26 Aug 2013 | 11:03 am

सिवान जिला के मशहूर मंदिर मेंहंदार मंदिर के महंथ देवशंकर गिरि के मौत एगो लमहर बीमारी का बाद अतवार का दुपहरिया में मंदिर परिसरे में गंगालाभ हो गइल. पचासी साल के महंथ के मौत के खबर सुन के अगल बगल के दर्...

जबरदस्त लोग मुहल्ला के रास्ता बंद कर दिहल 26 Aug 2013 | 11:02 am

छपरा के मौना पकड़ी बड़का दुअरा मुहल्ला में शनिचर का दिने कुछ बाहुबली रास्ता पर दीवार खड़ा कर दिहले. मुहल्ला के लोग एकरा खिलाफ एसडीओ आ एसपी कार्यालय पर प्रदर्शन कइल बाकिर एकर कवनो असर पड़त नइखे लउकत. एह दी...

एक महीना भितरे तिसरका बेर बढ़ली गंगा 26 Aug 2013 | 11:02 am

पिछला एक महीना का बीच गंगा नदी तिसरका बेर उफना गइल बाड़ी जवना से बक्सर में मल्लह चकिया आ चौसा के गंगा पंप नहरो पर पड़ल बा. एह बाढ़ से ठोरा नदी के किनारे बसल मल्लहचकिया के अलावे करहंसी आ छोटका नुआंव पंचाय...

कैमूर क कुदरा में एगो बूढ़िया ट्रक से कचराइल 26 Aug 2013 | 11:01 am

कैमूर जिला के कुदरा में पीएचसी का लगे जीटी रोड क्रासिंग पर एगो ट्रक एगो बूढ़िया के कचारत भाग गइल. एह में एगो अउर आदमीओ घवाहिल भइल जवना के इलाज खातिर वाराणसी भेज दिहल गइल बा. दुनु जने लालापुर के बतावल ज...

ट्रक आ एंबुलेंस का टक्कर में एंबुलेंस ड्राइवर के मौत 26 Aug 2013 | 11:00 am

पूर्वी चंपारण के बंजरिया इलाका में खंड़वा पुल का लगे शनिचर के रात एगो ट्रक आ एम्बुलेंस के टक्कर हो गइल. एंबुलेस एगो मरीज के चहुँपावे बेतिया गइल रहुवे आ ओहिजा से मोतिहारी लवटत रहुवे जब ई हादसा भइल आ एम...

बीएचयू के आयुर्वेद फैकल्टी के उपाधियन ला मान्यता खातिर नियुक्ति के काम शुरू 26 Aug 2013 | 10:59 am

बनारस हिंदु विश्वविद्यालय के आयुर्वेद फैकल्टी के अनेके पाठ्यक्रम के केन्द्रीय भारतीय चिकित्सा परिषद के मान्यता नइखे मिलल. केभाचि परिषद के कहना बा कि फैकल्टी में योग्य शिक्षकन के कमी बा जवना से एकरा को...

डीएसपी के घूस देबे का फेर में दू जने पकड़इले 26 Aug 2013 | 10:59 am

एगो मामिला में पैरवी करे खातिर अरेराज डीएसपी के घूस दे के मनावे का कोशिश में हरसिद्धी के रानी छपरा गाँव के रामप्रवेश चौधरी आ सिरनी बाजार के मुन्ना चौधरी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

गंडक के कटाव से बगहा कब्रिस्तान पर खतरा 26 Aug 2013 | 10:58 am

गंडक नदी के पानी कम होखला का बीच बगहा के पुअर हाउस कब्रिस्तान कटाव का जद में आ गइल बा. एकरा पहिले दीनदयाल नगर में कटाव प्रशासन काबू में पवलसि त अब कटाव के जोर अब कब्रिस्तान का ओर हो गइल बा. प्रशासन के...

Recently parsed news:

Recent searches: